Rowele Raghurai Lyrics | Bhojpuri Bhakti Song 2024

0

Rowele Raghurai Lyrics:- आपको इस ब्लॉग पोस्ट में “रोवेले रघुराई” गाने के शब्दों का मतलब और अर्थ जानने को मिलेगा।

Rowele Raghurai Lyrics

शक्तिबाण लागल लक्ष्मण के रोवेले रघुराई
शक्तिबाण लागल लक्ष्मण के रोवेले रघुराई
अखियां खोला बबुआ ,ओह्ह अखियां खोला बबुआ
बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ ..

का जाके हम कहब अवध में पूछिहै तीनो माई
अखियां खोला बबुआ बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ ..

राजभवन के त्याग तू हमारा साथे बन में आइला
धरम करम दुनहु से बढ़ भाई के सेवा कइला
फिर बोला तोहरा बिन हमरा कइसे जियल जाइ
अरे कइसे जियल जाइ अखियां खोला बबुआ अखियां खोला बबुआ
आ बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ
बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ ..

सूर्यवंश के सूरज डूबी रघुकुल लगी दागी
जुग जुग बात चली इहे भौजाई रहली अभागी
अवध के लोग कही हमके चल अइले जान बचाई आ चल अइले जान बचाई
अखियां खोला बबुआ अखियां खोला बबुआ
बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ
बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

two + 3 =